InBho अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी
14.6.2025.
** दुर्घटनाग्रस्त बोइंग 787:8 अहमदाबाद में कुछ लोगन खातिर कईसे काल बन के आइल! ई सब के जाने के चाही!
अनेक लोग तरह तरह से बेइमानी शैतानी कर्म कुकर्म में लागल रहेलन! ओह सभन के खास क के जानल चाहीं, कि कैसे बैठे थाले केहू खातिर काल आजाला:
जब अहमदाबाद के अस्पताल के हॉस्टल में 30 - 40 लोग जलपान करत रहन, त एक ब एक AI बोइंग 787 उनका प हॉस्टल के छत तोड़त उड़त गिर गइल!
तबहियो कुछ त बच गईलन! बाकिर लागता 35 लोग काल के गाल में समा गैलन!!
ओहि प्लेन में सवार 241 लोग 1000 डिग्री C से दिवंगत हो गईलन,
बाकिर एक आदमी आपन सीट सहित बहरी फेंका के बाल बाल बच गईलन! आ उठ के टमकत कुछ लोग के साथ एंबुलेंस ले आगईलन! जेकरा से काल्हु पीएम मोदी अस्पताल में बातो कैलन!!!
जा के राखे साईंया...
InBho 14.6.2025.
No comments:
Post a Comment