अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी 20.3.2026.
Iternational Bhojpuri, InBho
InTarnesonal Bhojpuri.
** सब आरक्षण बंद चाहीं! शिवा गरीबन के!!
आज स्वतंत्रता के 78 बरस बाद भारत में आरक्षण काहे? खास क के तब, जब पिछला 11 बरिसन से पीएम मोदी सासन में:
1. सब के साथ, सब के विकास! सब के विश्वास! सब के प्रयास से होता!!
फेर भेद भाव काहे? जाति आदि के नाव प! इहे प्रश्न उठता?
2. कुछ राजनीतिक दल लागल बाड़े देश के उन्नति में बाधक बन के आपन आपन रोटी सेंके में! एह में सब राजनीतिक दल शामिल बाड़े!
3. जब UCC संसद से पास हो के नियम बन गइल! आ उत्तराखंड में लागुओ होगइल, त भारत के सनातनी हिंदुओं के UGC Equity bill 2026 ले आ के समानता के आड़ में गृहयुद्ध करवावे में काहे लागल बा सासन?
4. पिछला सुनवाई में उच्चतम न्यायालय के CJI सूर्यकांत। बिना समय गंवाए एह आत्मघाती UGC Bill प रोक लगा देलन! एह टिप्पणी के साथ कि आप देश को उल्टी दिशा में क्यों ले जाना चाहते हैं?
5. आज सब आरक्षण खतम होखे के चाहीं खाली गरीबी के आधार प छोड़ के.
6. शुरू में SC ST खातिर 10 साल खातिर लागल रहे। आरक्षण, जे आज ले चलता. तीन चार जेनरेशन से जा आरक्षण से उच्च पद प बाड़े, बाकिर जे ना उठ सकलन, ऊ SC ST कुछ ओसहीं बाड़े! एहु प विचार जरूरी बा.
InBho 20.3.2026.
No comments:
Post a Comment