Thursday, 23 February 2023

2024 के PM चुनाव. InBho 23.02.2023

 InBho अंतरराष्ट्रीय भोजपुरी 23.02.2023.


** भारत के पीएम के चुनाव 2024:

लागता भ्रष्टाचारी दलसमूह के केहू एगो प्रत्यासी ना बन सकल. ई बतिया त InBho के ढेर दिनन से मालुमे रहे। 

 बाकिर लगता 2024 चुनाव जोड़ पकड़लस भ्रष्टाचारी दलन के तीन तीन प्रत्यासियन के झलक देखीं सासन में अनुभव के क्रम से:

1. नीतीश कुमार > बिहार मुम, रेल मंत्री

2. ममता बनर्जी >प.बंगाल मुम, रेल मंत्री

3. राहुल गांधी  > एमपी, परिवारवादी से 

टीप: दक्खिन भारतो से प्रत्यासी हो सकेलेे।


 ** नितीस कुमार के जेडीयू त टूटिये गइल, जे में से निकललन उपेंद्र कुशवाहा आ नया दल "राष्ट्रीय लोक जनता दल" बनवलन।


** बिहार से नीतीश जी के मुम से जाए के चलते जे अनहरिया होई, ओह में युवा "चिराग" काम करीहन पीएम मोदी खातिर।


** पसमांदा मुस्लिम लोग भारत के मुस्लिमन में 80% बाड़न। जे अब कहतारे आपन पीएम मोदी से,  

"खुल्लम खुल्ला प्यार करब हो! तोहरा के!!"

वोहरा होखस, चाहे अहमदिया आ सूफी सब लोग अब ईहे कहतारान। एह से गइल अब मुस्लिम तुष्टिकरण के राजनीति।


** पीओके के लोग त 100 दिनन के अल्टीमेटम देइये देले बाड़न पाकिस्तान  सासन के पीओके से भागे के, जे में अब 98 दिन बाकी बा।


** भारत के "सनातनी राष्ट्र"/ "हिंदू राष्ट्र"  बनावे के घोषणा राजस्थान में उत्तरप्रदेश मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ बालेश्वर धाम के धीरेंद्र कृष्ण शास्त्री त कईये देले बाड़न।

प्रश्न बा कि एक वोट जादा भईला प जदि केहू राष्ट्रध्यक्ष, एमपी बन जाला, त 80% से जादा के "भारत", "सनातनी देश" काहे ना? 

बात बा खाली अमली जामा पहिनावे के।


** पड़ोसी नेपालो में 80% से जादा सनातनी लोग बाड़न. उहो लोग जदि चाहस त नेपाल देश के "सनातनी देश" बनासकेलन।


InBho 23.02.2023



 "

No comments:

Post a Comment