** भारत के पीएम चुनाव 2024:
[Elekson aof da PM aof Indiaa.
* बिहार के मुख्यमंत्री श्री नीतीश कुमार के लागता कि भारत के संसद के 2024 के बाद पूरा विपक्ष के ओर से मोदी आ बीजेपी के हरावे के बा, कहलन ऊ बीजेपी 100 सीट ले सिमट जाई.
चुनाव में जम के लड़ाई करिहन, त उनका नेतृत्व में विरोधी दलसब जीते सकेला.
बाकिर तीन गो बड़ प्रश्न उठता:
1. पहिले जेडीयू के सम्हालल जरूरी लागता.
लागता श्री उपेन्द्र कुशवाहा छिटकीहन, आ आपन अलगे डफली बजईहन!!
2. का नीतीश कुमार पूरा विरोधी दलन के ओर से चुनाव लड़िहन? भारत जोड़ो के बाद राहुल गांधी के कद बहुत बढ़ गइल बा, ई बतिया त उनका मालूमे होई।
3. रहल पीएम के चुनाव के बात!
अब जोड़ तोड़ के राजनीति त खतम बा 2014 से।
जनता आपन पीएम अब अपने चुनेले!
पहिले जईसन अब कवनो "मूरत" के पीएम के पद प ना बइठावल जा सके, जईसे महारानी जी बईठा देले रही।
> अब भारत में नीतीश कुमार के टक्कर में कवन नेता बा, जे बिहार प दसियो बरिसन से राज करतारे!! अतने ना, भारत में उनका के, के नइखे जानत शराब बंदी से।
> जब छपरा के एगो इस्कूल में फूड प्वाइजनिंग से दसियो विद्यार्थी मुअले, त मम नीतीश कुमार कईसन 7-8 दिनन ले दम सधले रहन दुख से। पीएम प्रत्यासी त ऐसनके शांत होखे के चाहीं,
औरू ना त का!!!
** हिंदु हृदय सम्राट बाला साहेब के कुपुत्तर:
भारत के निर्वाचन आयोग के निर्णय:
> गइल "उद्धव गुट" के शिवसेना उनका हांथ से "शिंदे गुट" के पास!
> "तीर धनुष" चुनावो चिन्ह गइल "शिंदे गुट" कीहां!!
> सत्ता त पहिलहीं गइल हांथ से!!!
>> जे जनता के धोखा दे,
>> जे आपन बाप आदरणीय बाला साहेब ठाकरे के जिनगी भर के विरोधी 2-2 कांग्रेस से मिल जाय सत्ता के लालच में, ओकर ईहे हाल होला!!!
InBho 22.02.2023
No comments:
Post a Comment