InBho अन्तर्राष्ट्रीय भोजपुरी 25.02.2023
** भारत में जनतंत्र:
* भारत में अबहिंये से 2024 के पीएम के चुनाव में बीजेपी, कांग्रेस लाग गइल बा, जबकि वोट होई मई 2024 में.
एह से पहिले 2023 में 10 प्रांत आ UT में चुनाव बा जे में से 3 के नतीजा 2.3.2023 के आजाई.
> भारत में सालो भर चुनावे होत रहेला, जे से देश के माहौल खराब होला.
>> अतने ना, "नेहरूबियन जोड़ तोड़ के गंदा राजनीति" के चलते भारत में जनतंत्र के गरदन मड़ोड़ल जाला जब तब. हाल के उदाहरण:-
1. बिहार में जनता "बीजेपी आ जेडीयू" के चुनले रहे, बाकिर राज करता "आरजेडी आ जेडीयू" > त जनता के वोट के का मतलब?
2. महाराष्ट्र में जनता चुनलस "शिवसेना आ बीजेपी" के, बाकिर करीब 2.5 बरीस ले "नेहरूबियन जोड़ तोड़" से राज रहे "उद्धव शिवसेना, एनसीपी, कांग्रेस" के.
> सैकड़ो उदाहरण बा ऐसन.
3. भारत के संविधान के अनुसार, त "जनता के ई जाने के अधिकार नइखे कि उनका वोट के चलते, के (पीएम, मुम) उनका प राज करीहन"?
>>> एह सब नेहरूबियन धांधली के चलते, भारत में सैकड़ो कड़ोर R खर्चा के बाद 2013 ले देश प भ्रष्टाचारी दलन के राज रहे, जे से देश दिनों दिन गिरल जात रहे.
>>>> 2014 भारत के चुनावी क्रांति:
सबसे पहिले भारत में BJP / NDA "आपन पीएम प्रत्याशी" के वोट से पहिलहीं नाव उजागर कइलस:
नतीजा जनता जाती पाती के भूल के धूम के उनका नाव प वोट देलस, जे से "भारत में जनतंत्र" के शुरुआत भईल 2014 में, "जोड़ तोड़ वाला लोकतंत्र" के बदले!
* "भारत में जनतंत्र" के नतीजा:
भारत में जईसन उन्नति 9 बरिश में भईल, ऊ पिछला 60-65 बरीसन से जादा भईल. थोड़ में देखीं रावा सभ:
1. पहिले पहिले रेल - दब्बन में देखनी "बायो शौचालय".
2. देशभर में घर घर 22 - 24 घंटा बिजली.
3. डॉक्यूमेंट के अपने सत्यापन.
4. नई दिल्ली रेलवे स्टेशन सहित सब प्लेटफार्म के ऊपर उठा के नवीनीकरण.
5. सब के बैंकन में खाता ziro R से.
... ... ... ई लिस्ट अनेक जगह बा, जे से अउरू नईखे लीखल जात.
** गृहमंत्री अमित शाह लौरिया, चंपारण से बिहार में 2024 के पीएम / एमपी के चुनाव के बिगुल फुंकलन:
1. अब नीतीश कुमार फेरू बीजेपी के साथ ना अइहन.
2. अब बिहार में जंगल राज आ गइल.
3. शाह जी कहलन, नीतीश बाबू के हर 3 बरिश प पीएम बने के सपना आवेला.
** ओने पूर्णिया में गठबंधन के सभा में कहलन: कांग्रेस के जल्दी साथ आवे, त ऊ 100 सीट ले सिमिट जईहन.
InBho 25.02.2023 /
सृ. 20.12.9122
No comments:
Post a Comment